Saturday, May 16, 2026

निमिया तले

निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर

निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर

YouTube Lyrics Page • SINHAMITABH
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर
सावन की आई बहार रे
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर
सावन की आई बहार रे
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर
कौन ने दिहले नौ मन सोनवा
कौन लहंगा पटोर रे
कौन‌ ने दिहले कथकी चुनरिया
कौन‌ गले का हार रे

अम्मा ने दिहले नौ मन‌ सोनवा
बाबुल लहंगा पटोर रे
भैया ने दिहले कथकी चुनरिया
भौजी गले का हार रे
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर
सावन की आई बहार रे
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर
कौन के रोवला से नदियां बहत है
कौन‌ के सागर पार हो
कौन‌ के रोवला से भींगी मोरी चुनरी
कौन‌ के खुशी अपार हो

अम्मा के रोवला से नदियां बहत है
बाबुल से सागर पार हो
भैया के रोवला से भींगी मोरी चुनरी
भौजी के खुशी अपार हो
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर
सावन की आई बहार रे
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर
कौन‌ कहे बेटी निशदिन अइहा
कौन कहे छठी मास हो
कौन‌ कहे बहिनी अवसर अइहा
कौन‌ कहे क्या है काज रे

अम्मा कहे बेटी निशदिन अइहा
बाबुल कहे छठी मास हो
भैया कहे बहिनी अवसर अइहा
भौजी कहे क्या है काज रे
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर
सावन की आई बहार रे
निमिया तले डोली रख दे मुसाफिर

No comments:

Post a Comment